शुक्रबार, ०७ बैशाख २०८१

कोरोना से लडी ना कि केहु समुदाय से

चन्दन शाह चन्दन शाह

२ बैशाख २०७७, मंगलवार २१:११ मा प्रकाशित

 रौतहट:  देखि कोरोना अा गईल नु हमर जिल्लामे खैर तनाव लेवेके वा डेराएके कौनो बात नईखे । संकटके घडीमे हमसब एकजुट होके लडल जाई । कुछ दिन से मधेशमे देख रहलछी जे कोरोनासे ज्यादा हिन्दु मुस्लिम होरहल बा लेकिन कृप्या ई बात बुझल जरुरीबा कि केहु मुस्लमान एतना जाहिल नैखे जे खुद अपन परिवारके खतरामे रखे । होखी इन्डीया मे कुछो लेकिन हमर मधेशमे जब जब शाशक वर्ग हमनी पे अत्याचार करेलन त छाति पे गोली खाएवाला हर उ व्यक्ति इ ना सोचेलन कि हम हिन्दु बानी त मुस्लमान के लेल काहे लड दि वा हम मुस्लमान बानी त हम हिन्दुके लेल काहे लड दि । मधेश हमर परिवार बा उ लोग बस इ सोचेलन अा हमर परिवारके हरेक उत्पिडन मे पडल व्यक्तीके उनमुक्ती कैसे मिली कहके अपन ज्यान न्योछावर कर देवेलन । फिर कैसे कोई मान जाई कि केहु कोरोना फैलावेके साजिश रच रहल बा वा फैला रहल बा । अाजके दिन भी हमनीके एक होके कोरोना महामारी से लडेके दिन बा एक दोसरके सहयोग करके अागे बढेके दिन बा न कि एक दोसरके बेइज्जत करेके , गाली देवेके वा पिटेके ।अगर अाज हमनी टुट जाएब , बिखर जाएब त फिर शोशन विरुध लडब कैसे ? फिर अपन अस्तित्व के रक्षा करब कैसे ? हमर बिन्ती बा उ लोग से जे खुद उहाँ पर सामिल भेल होखे जहाँ से कोरोना पोजेटिभ ज्यादा से ज्यादा लोग निकल रहल बा। वा उ लोग जेकरामे कोरोनाके एक भी लक्षण होखे ।वइसन लोग कृप्या अपने स्वंम अगाडि अाई दरिया दिल देखाई अा खुदके कोरेन्टाईन वा डाक्टर से सम्पर्क करि अोसे सरकार के मदत होखी अा अपन परिवार भी सुरक्षीत रहि । कृप्या ई बात मत भुली जे कोरेन्टाईन जेल नैखे उ एक कोरोना से लडेके राम वाण बा । नोट : रौतहटके इशनाथ नगरपालिका वडा ५ मोतीपुरके १९ बर्षिय लडका मे कोरोना पोजेटिभ मिलल बा । सतर्क रहि, अपने बची अा अपन परिवारके बचाई ।

तपाईंको प्रतिकृयाहरू

प्रधान सम्पादक

कार्यालय

  • सुचनाबिभाग दर्ता नं. ७७१
  • news.carekhabar@gmail.com
    विशालनगर,काठमाडौं नेपाल
Flag Counter